भोजपुरी गीत
ऊ मर्डर अपहरण के काम करेले।
ए ही से दरोगा जी सलाम करेले।
ऊ मर्डर अपहरण के काम करेले।
ए ही से दरोगा जी सलाम करेले।
कबहूं एमपी हो जाले कबहूं विधायक
दिल्ली पटना में मानल जाले बड़ा लायक
कइसे कह तानी की आराम करेले।
दिल्ली पटना में मानल जाले बड़ा लायक
कइसे कह तानी की आराम करेले।
परमोशन, ट्रांसफर नोकरी बेचा ता
इंडिया के बहरो बा बैंकवा के खाता
नोट पीटी-पीटी के गोदाम करेले।
इंडिया के बहरो बा बैंकवा के खाता
नोट पीटी-पीटी के गोदाम करेले।
देखिह ए बेरियो एमपी किनाई
पांच परिस चले वाला गोरमेंट आई
डेमोक्रेसिया के ऊ दुकान करेले।
पांच परिस चले वाला गोरमेंट आई
डेमोक्रेसिया के ऊ दुकान करेले।
अभिज्ञात जी ,,बहुत सुन्दर लिखा है, आप ne ,,wah bhee bhojpuri me
ReplyDelete